बुधवार, 7 सितंबर 2016
एन डी देहाती की चार लाइन व्यंग्य रचना। काहे बिछ्वले ना खटिया काहे बिछ्वले ना। पीके मार दिहलसि तोर मतिया खटिया काहे बिछवेले ना। कुपित देवरिया के धरत्तिया लिहले हमरो इजतिया ना। खटिया लूटल पटिया टूटल नकिया कटवले ना। हंसे बिरोधी त फाटे छतिया खटिया काहे बिछ्वले ना। कहे गावे के फुलमतिया बरिजत रहे एन डी देहतिया पपुआ मनलसि नाही बतिया खटिया काहे बिछ्वले ना। देश दुनिया में भईल फाजिह्तिया खटिया काहे बिछ्वले ना।
मंगलवार, 16 अगस्त 2016
एन डी देहाती 15 अगस्त
एन डी देहाती: आज 15 अगस्त
आज 15 अगस्त ह। जब जब इ दिन आवेला हमके बहुते रोआवेला। कारण बा की तिरंगा के डोर खीचे वाला हाथ के हम पहिचानत हईं। देह पर स्वेत बसन धारी काला कारनामा वाला ई आत्म सेवी हाथ केतना भरष्टा चार कईले बा सब जानत बा। तिरंगा के मुस्कान के गिरवी रख के कोठी कटरा कार के लाइन लगावे वाला ई खद्दर पोश का कबो साम्राज्यबाद की छाती पर लोकतंत्र के पौध उगावे वाला ओ रणबांकुरण की पसंगो में बईठ सकेला? सहीदन की क़ुरबानी के ई समाजसेवी का जानी। स्वार्थ खातिर देश नीलाम करे के मंशा । नफरत के बोयत बीया। हिंसा के माहौल। माई बहिन बेटी के लूटत अस्मत। आकंठ भ्र्ष्टाचार में डूबल एह समाजसेवी के जयकार। बंद करीं सरकार। आखिरकार जब स्कूलन ले ही सिमित रह गईल बा 15 अगस्त त कवनो बच्चा से तिरंगा लहराईं । या कस के गाईं- इस देश को रखना मेरे बच्चों संभाल के------।
सोमवार, 15 अगस्त 2016
प्रधान मंत्री की उज्ज्वला योजना के तहत गरीब लोंगो को निशुल्क इंडेन गैस का वितरण
स्वतंत्रता दिवस के अवसर पर लार ब्लाक के ठाकुर गौरी में प्रधान मंत्री की उज्ज्वला योजना के तहत गरीब लोंगो को निशुल्क इंडेन गैस का वितरण हुआ। इस अवसर पर एजेंसी संचालक उमेश विश्वकर्मा ग्राम प्रधान रेखा यादव भूत पूर्व सैनिक राम आसरे यादव समाज सेवी कमलेश यादव पत्रकार एन डी देहाती के हाथो 27 गैस कनेक्शन वितरित हुए।