रविवार, 20 नवंबर 2022

एन डी देहाती: भोजपुरी व्यंग्य 20 नवम्बर 22

कोटेदार जस नहीं उपकारी

हाल-बेहाल बा / एन डी देहाती

मनबोध मास्टर पूछलें- बाबा ! का हाल बा? बाबा बतवलें- हाल बेहाल बा। कोटेदार के लोग चोर, बेईमान, घटतौलिया, झुठठा, फरेबी...। आदि तमाम अलंकरण से सुशोभित करेलें। जबकि कोटेदार की समान उपकारी कवनो दूसर लोग नईखन। अब देखीं न सितम्बर से स्कूल के राशन सरकार नईखे देले, लेकिन कोटेदार के उपकार देखीं, स्कूल की लईकन के रोज मिड डे मिल के राशन दे रहल बा। लईकन के खिआवे वाला मास्टर जी पढ़ल -पढावल पर कम ध्यान देत हवें। राशन- पानी पर ज्यादा। रजिस्टर मेंटेन रहे के चाहीं। मीनू-फ़िनू के बात छोड़ीं। दूध-फल अगर नईया नाव संयोग कबो बंटा जाई त फोटो से व्हाट्सप ग्रुप अंडस जाई। मास्टर साहब लईकन के खिआवत हवन त कवनो उपकार नईखन करत। उपकार त कोटेदार करत बा। केकरी पर कोटेदार के उपकार नईखे? बिना मानदेय के तुच्छ कमीशन पर काम करे वाला प्राणी पर केतना जिम्मेदारी बा। राशन उठावते जोड़- घटा के केतना कमीशन बनल, विभागीय साहब के पहुंचा देले। अधिकारी की लगे समय से कमीशन ना  पहुंची त छोटो शिकायत पर बड़वर कार्रवाई हो जाई। कमीशन समय से पा जइहैं त बड़-बड़ शिकायत उनकी बड़वर पेट में हजम हो जाई। अधिकारी के नगद नारायण के उपकार कईला की बाद जब राशन गांव ले पहुँचल त प्रधान जी पर उपकार शुरू। प्रधान जी की आदेश पर उनकी खास वोटरन के मुअनी-जियनी, छठी-छीला पर अलग से उपकार क के राशन देबे के परेला। गाँव में कुछ मुँहकढ़वा रहेलन। उ विरोध न करें, कबो एप्लिकेशन-पब्लिकेशन न करें एकरा खातिर रात के अन्हरिया में ओ टिपटिपवा की घरे ले मुफ्त राशन पहुंचा के ओकरा पर भी उपकार करे के पड़ेला। कोटेदार की उपकार से ही गाँव में कोठी-अमारी, गाड़ी-घोड़ा, नौकरी-चाकरी वाला धनाढ्य भी पात्र गृहस्ती के पात्र बनेलन। जवन कोटा की दुकान पर दिन में लाजन ना जाने लेकिन रात की बेरा फार्च्यूनर में लाद के राशन ले जालन। सच कहीं त कोटेदार सरकार के सबसे बड़वर मददगार ह। सरकार के प्राथमिकता राशन पर, लोग के वोट राशन पर, आ कोटेदार के रोजी-रोटी राशन पर। अगर कोटेदार किलो में सौ ग्राम अग्रासन जईसे निकार लेत बा त कवन अपराध करत बा। ओहु के त तौल के नईखे मिलत। सरकार कहलसि कोटेदार की घर ले राशन पहुँचावल जाई। अब भला ई बताईं कवना गावँ ले ट्रक के रास्ता बा? जेतना खर्चा में गोदाम से कोटेदार राशन ले आवत रहे ओतने खर्चा में सड़क से लादवा के ले आवत बा। एतना संझवात सहत, सबकर ताना सुनत, चोर-बेईमान बनत भी कोटेदार चुप्प रहेला। ओकरी सहनशीलता के कवनो जोड़ नईखे। मरल आदमी के स्वर्ग तक राशन पहुँचवावे वाला कोटेदार पर अंकुश लगावे खातिर सरकार अंगूठा लगावे वाली मशीन दे दिहलसि। अब ना मरल मनई सरग से अइहें ना अंगूठा लगईहें। कोटेदार के शत्रु भी होखें त उनहूँ के इज्जत की साथे राशन देबे के परेला। अईसन उपकारी जीव के चोर-बेईमान मत कहीं। के-के, केके नईखे पालत एगो कोटेदार।

पढ़ल करीं, रफ़्ते-रफ़्ते। फेरू मिलब, अगिला हफ्ते।।

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

आपन विचार लिखी..

हम अपनी ब्लॉग पर राउर स्वागत करतानी | अगर रउरो की मन में अइसन कुछ बा जवन दुनिया के सामने लावल चाहतानी तअ आपन लेख और फोटो हमें nddehati@gmail.com पर मेल करी| धन्वाद! एन. डी. देहाती

अपना कीमती समय देने के लिए धन्यवाद