रविवार, 14 दिसंबर 2025

14 दिसंबर 2025 के अंक में प्रकाशित

समय के फेरा, समय के फेरी 
मनबोध मास्टर पूछलें -बाबा! का हाल बा? बाबा बतवलें समय के गति चलता। समय सवाल खड़ा करता, समय जवाब भी देता। समय की चलते कबो नाव गाड़ी पर कबो नाव पर गाड़ी। एहीसे कहल गईल बा, मनुष्य बली नहीं होत है समय होत बलवान...। आगे भी समय के काल चक्र चली। केकर पाप बली आ केकर पुण्य बली, समय के साथ केहू के सिक्का चली आ केहू दिल जली। समय की काल चक्र में ही 25 साल पुरान भूत उपट गईल। पुलिस विभाग के कबो बड़वर अधिकारी रहलन, उनही से लपट गईल। जवन पुलिसकर्मी सलामी ठोंकत रहलें समय अइसन पलट गईल की अब उहे झपट गईल। इ पुलिस ह, जेकर सत्ता ओकर चेरी, जेके कहाई ओही के हेरी। पुलिस वइसे पकड़लसि जेईसे पाकिस्तान की बाडर से कवनो आतंकवादी पकड़ के आईल बा। पचास-बावन किलो के एगो आरोपी के दु सौ पुलिसवाला धकिआवत कोर्ट में ले गईलन। छउक-छउक के सवाल कईला, सबकी ममिला में ऊँगली कईला की चलते सत्ता की आँख के किरकिरी बनला की वजह से, ऐके मामिला जवन सितंबर में लिखाइल आ दिसंबर में आपन रूप देखा दिहलसि। पुरान मामिला उपाट के नया घाव दिहल जाता। अगर सरकार दुआँखा नईखे त जवना लोगन पर दर्जन से ऊपर केस बा उनपर कार्रवाई काहे नईखे होत? देश में दुआँखा व्यवस्था चलत बा। पहिलहु चलत रहे। बहुत पुराना जमाना के बात ह, कुछ लड़िकन की मार से एगो गदहा मर गईल रहे। बाबा से पूछाईल, त बतवलें बहुत बड़वर पाप लाग गईल। पूछे वाला चालाक रहल, कहलसि गदहा मरला में राउर लड़िका संतोष भी रहलें हं। बाबा के निर्णय बदल गईल। बोल पड़लन- दस पांच लड़िका एक संतोष, गदहा मरले कवनो ना दोष। आजुओ उहे हाल बा। देश में दुआँखा कानून ना रहित त दुबई से बइठल आरोपी के जमानत केईसे मिल जाई? दुआँखा कानून ना रहित त बड़े बड़े जघन्य अपराध के आरोपी सत्ता आ विपक्ष में कॉलर टाइट क के कईसे राज काज में हिस्सा लितन। समय सबके हिसाब लेला। समय के गति देखीं, बोलले रहलेन कि हवाई चप्पल पहने वाला हवाई जहाज से चली। अब, जब जहजिये बायना फेर देहलसि त जूता मोजा कोट शूट वाला भी झंखत हवें। फेरू मिलब अगिला हफ्ते, पढ़ल करीं रफ्ते रफ्ते...

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

आपन विचार लिखी..

हम अपनी ब्लॉग पर राउर स्वागत करतानी | अगर रउरो की मन में अइसन कुछ बा जवन दुनिया के सामने लावल चाहतानी तअ आपन लेख और फोटो हमें nddehati@gmail.com पर मेल करी| धन्वाद! एन. डी. देहाती

अपना कीमती समय देने के लिए धन्यवाद