चार आना , आठ आना,बारह आना. पेट में लईको बोले अन्ना - अन्ना. इ हाल बा अपना देश में भरस्ताचार आ घोटाला के बोलबाला बा . बारह आना देश आना के साथ बा. चार आना में कुछ चोरवे, चिमचे, चुगुले आ कुकुरे बाडन. उहे जन लोकपाल के विरोध करत हवे. अपना देश में केतना घोटाला भईल , आयी एहू पर नजर दौरावल जा -
आदर्श घोटाला- इ उ घोटाला ह जेमे कारगिल की शहीदन की में नाम पर आदर्श सोसाईटी में एइसन लोग के फ्लेट दियाइल जेकर कारगिल की लडाई में कवनो योगदान न रहल , एमे कुछ नेता आ कुछ फौजी लोग भर्स्ट तरीका से कारगिल शहीद के परिजन बन गइलन.
२जी spekatramघोटाला- इ उ घोटाला ह जेमे दूर संचार मंत्री ये राजा तिहाड़ में मज़ा मारत हवे.इ १२३२ लाइसेंस रेवड़ी अईसन बाट के,खूब मलाई चाट के, देश के खोखला कईला में लागल रहलें .
राष्ट मंडल घोटाला- ये घोटाला के खेलाडी हवे सुरेश कलमाडी . दिल्ली में भएल राष्ट मंडल खेल की तईयारी में ही खेला का दिहलन . अब तिहाड़ में केला खा ताड़न खीच के.
यह तीन चर्चित घोटाला की पहिले देश में कई गो बहु चर्चित घोटाला भईल.
एकरा अलावा तोप कि खरीददारी में भी घोटाला भइल . बोफोर्स तोप सौदा में स्वीडन कि एगो कंपनी के ६४ करोड़ क रिश्वत दिहल गईल. बिहार में ९५० करोड़ के चारा घोटाला भईल . एकरा बाद भी देश में बहुत घोटाला भईल . एइसन घोटाला कि बोलबाला वाला युग में भ्रष्टाचार से लड़े खातिर एगो ७४ वरिश के बुजुर्ग ललकार के खड़ा हो गईल . १६ अगस्त २००११ से भर्सताचार की खिलाफ अनसन के घोषणा क के अन्ना आपन अन्नागिरी देखावे लगलन.अन्नागिरी में गांधीगिरी इतना दम बा। इ देश देख लिहल । अन्ना की साथ पूरा देश एक पैर पर खड़ा बा। उनके इशारा पर बच्चे, नौजवान समर्थन में जुटल हवे. चारो ओर अन्ना की हल्ला में, गाव-गली - मोहल्ला रमल बा. अनशन की बल पर सरकार के निहुरावे वाला ७४ वरिश की बुढ के जवानी लौटल बा। पूरा देश अन्ना -अन्ना करत बा. . गाव -गाव अन्ना कि हल्ला में देश में एगो नया क्रांति के मशाल जलल. अन्ना कि आन्दोलन में बुढ- जवान , लईका -सयान सब खड़ा हो गईल . अईसन माहौल में कहल गईल - पेट में के लईका बोले अन्ना -अन्ना .
-N.D. Dehati . gorakhpur
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें
आपन विचार लिखी..